Majanua Hero Milal Ba Is Latest Viral Bhojpuri Song Sung By Khushi Kakkar. This Song Is Written By Nitesh Thakur While Music Composed By Shankar Singh. It’s Released By Kajal Raj Bhojpuri Youtube Channel.
Majanua Hero Milal Ba (Hindi)
मजनुआ ! मजनुआ !
करिया कुरुतवा में निकले जे बहरी
पूरा मोहल्ला हिलल बा
ऐ सखी !
करिया कुरुतवा में निकले जे बहरी
पूरा मोहल्ला हिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा
सुन्दर सुरतिया बड़े बड़े अंखिया पs
लईकीन के दिलवा पिघिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा
बड़े बड़े झुल्फी हो लहरावत चले
जे भी मिले आवे हो हाथ मिलावत चले
तs ओकरा हर गलती के हमरा भरी माफी बाटे
प्यार से बोले दुगो बोल तs एतने काफी बाटे
जाला जे बहरवा तs करिले कजरवा
केतने के अंखिया में छिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा
अतना सुनर बा की डर कबो कबो लागे
हमसे छीन के कवनो ना दोसर भागे
बाकी उ दिल के अच्छा बा प्यार मोर सच्चा बा
नितेश देखही में बड़ दिल से बच्चा बा
जहिया से बाटे मोरा जिनगी में आईल
प्यार के फूलवा खिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा
मजनुआ हीरो मिलल बा